You are now leaving GSK’s website and are going to a website that is not operated/controlled by GSK. Though we feel it could be useful to you,we are not responsible for the content/service or availability of linked sites. You are therefore mindful of these risks and have decided to go ahead.

Agree Agree Agree Stay
समय पर टीकाकरण (वैक्सीनेशन) राउर बच्चा के गंभीर रोग से बचाये के सुरक्षित अउर प्रभावी तरीका में से एगो बा।

खुराक : 4 में से 3

से रक्षा करेला: हेपेटाइटिस बी संक्रमण; हेपेटाइटिस बी विषाणु (वायरस) के कारण होवे वाला यकृत संक्रमण।

दियल जाई: 10 सप्ताह में

रउआ आपन बच्चा के सुरक्षा में मदद कइसे कर सकतानी?

हेपेटाइटिस बी के टीका के अकेला दियल जा सकता या सम्मिश्रित टीका में शामिल कर के जउन अन्य रोग से बचाये में भी मदद करेला, नवजात बच्चा खातिर नियमित टीकाकरण के हिस्सा के रूप में। अधिक जानकारी खातिर राउर स्वास्थ्य सेवा पेशेवर से परामर्श लीं।

खुराक : 1 में से 1

से रक्षा करेला: ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग)

दियल जाई: छुट्टी (डिस्चार्ज) से पहले

रउआ आपन बच्चा के सुरक्षा में मदद कइसे कर सकतरीं?

बीसीजी वर्तमान में उपलब्ध एकमात्र टीबी के टीका बा अउर ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) संक्रमण से बचाये में मदद कर सकता। बीसीजी के टीका नवजात बच्चा के नियमित प्रतिरक्षा (इम्यूनज़ैशन) के हिस्सा के रूप में दियल जा सकता। अधिक जानकारी खातिर राउर स्वास्थ्य सेवा पेशेवर से परामर्श लीं।

ओपीवी

खुराक : 1 में से 1

से रक्षा करेला: पोलियो; एगो वायरस के कारण होवे वाला रोग जउन तंत्रिका के प्रभावित कर सकता

दियल जाई: जन्म के बाद जितना जल्दी हो सके

रउआ आपन बच्चा के सुरक्षा में मदद कइसे कर सकतरीं?

पोलियो के टीका के अलग से दियल जा सकता या सम्मिश्रित टीका में शामिल कर के जउन अन्य रोग से बचाये में भी मदद करेला, नवजात बच्चा खातिर नियमित टीकाकरण के हिस्सा के रूप में। दुर्भाग्यवश, ई रोग के कउनो इलाज नइखे बा। अधिक जानकारी खातिर राउर स्वास्थ्य सेवा पेशेवर से परामर्श लीं।

टीकाकरण (वैक्सीनेशन) छूट जाये पर रउआ के का करे चाहीं?

कैच-अप टीकाकरण (वैक्सीनेशन)
अगर रउआ निर्धारित समय के दौरान इ टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के खुराक लेवे से छूट जातरीं, तब रउआ कैच-अप टीकाकरण (वैक्सीनेशन) खातिर राउर डॉक्टर से परामर्श कर सकतरीं।

महामारी के दौरान टीकाकरण (वैक्सीनेशन) पूर्व देखभाल

ई समय में टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के दौरान कउन सावधानी बरते जाईं चाहीं?

  • राउर बाल रोग चिकित्सक (पीडियाट्रिशन) से केवल पूर्व टीकाकरण (वैक्सीनेशन) अपॉइंटमेंट के साथ मिलीं
  • लगातार अंतराल पर अल्कोहल-आधारित सैनिटाइज़र के उपयोग करीं
  • नवजात बच्चा के छोड़कर सभी देखभाल करे वाला अउर बच्चा लोगन के मास्क पहने चाहीं
  • सब समय आपस में दूरी बनाईं रखीं अउर जितना संभव बा सतह के संपर्क से बचीं
  • कउनो खिलौना/व्यक्तिगत समान के न ले जाईं अउर दरवाजा के हैंडल के छूवे से बचीं।
  • टीका (वैक्सीन) लगाये वाला व्यक्ति के साथ वरिष्ठ नागरिक (60 साल से अधिक आयु) के ना रहे चाहीं

स्टाफ के सलाह के अनुसार टीकाकरण (वैक्सीनेशन) क्लिनिक में प्रवेश करीं, बाहर निकलीं अउर राउर आचरण करीं

टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के बाद देखभाल
  • टीकाकरण के बाद, राउर बच्चा के इंजेक्शन लगावल गइल जगह पर या रैश पर दर्द के अनुभव हो सकता। हालाँकि, ई प्रतिक्रिया हलका होला अउर जल्द ही दूर हो सकता।

राउर डॉक्टर रउआ के टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के बाद निर्देश के एगो सुची के पालन करे खातिर मार्गदर्शन करीं। कृपया

अतिरिक्त सुझाव:
  • राउर डॉक्टर से मिले से पहले टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के जानकारी के अच्छी तरह से पढ़ीं
  • सप्ताहांत के दौरान टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के योजना बनाईं ताकि रउआ टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के बाद राउर बच्चा के पर्याप्त समय दे सकीं
  • सुनिश्चित करीं के राउर बच्चा अइसन कपड़ा पहनल बा जेकर बाहं खुलल हो ताकि टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के दौरान रउआ के उ हटाये न पड़े
  • राउर बच्चा के शांत करे रातिर उनकर पसंदीदा खिलौना ले जाईं
  • अगर राउर बच्चा बड़ा बा, तो उनके टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के लाभ समझाईं
राउर बच्चा के पूरा टीकाकरण (वैक्सीनेशन) समय-सारणी प्राप्त करीं

अभी डाउनलोड करीं

ग्लैक्सोस्मिथक्लाइन फार्मास्यूटिकल्स लिमिटेड द्वारा एगो सार्वजनिक जागरूकता पहल। डॉ. एनी बेसेंट रोड, वर्ली, मुंबई 400 030, भारत।

ई सामग्री में प्रदर्शित होवे वाला जानकारी केवल सामान्य जागरूकता खातिर बा। ई सामग्री में निहित कउनो भी मेडिकल सलाह नइखे। राउर स्थिति के संबंध में कउनो भी मेडिकल प्रश्न, कउनो भी प्रश्न या चिंता खातिर कृपया राउर डॉक्टर से परामर्श करीं। वैक्सीनेशन (टीकाकरण) खातिर सूचित रोग के सूची पूरा नइखे बा, पूरा वेक्सीनेशन (टीकाकरण) समय-सारणी खातिर कृपया राउर बच्चा के पीडीअट्रिशन से संपर्क करीं। ई सामग्री में दिखावल गइल डॉक्टर के उपयोग केवल उदाहरण के उद्देश्य से करल गइल बा अउर इ एगो पेशेवर मॉडल बा।

राउर बच्चा सुरक्षा में संभावित कमी खोजीं

का रउआ के बच्चा के वेक्सीनेशन (टीकाकरण) छूटल बा ई देखे खातिर एगो व्यक्तिगत टाइम्लाइन बनाईं*

अभीए से उपयोग शुरू करीं

2021(c) Glaxosmithkline Pharaceuticals Ltd. सभी अधिकार सुरक्षित
गोपनीयता नीति | कुकीज़ नीति | उद् घोषणा (डिस्क्लेमर)

डिस्क्लेमर:
इ वेबसाइट केवल भारत के निवासि खातिर बा।
अइजा बताइल गइल रोग के सूची IAP (इंडियन एकेडमी ऑफ पीडियाट्रिक्स) द्वारा उनकर नियमित अउर कैचअप वैक्सीनेशन (टीकाकरण) सिफारिश में रोके जा सके वाला रोग के सूची में शामिल बा। इ सूची के अलावा अउर रोग हो सकेला जउन बच्चा के प्रभावित कर सकतरीं। अधिक जाने खातिर राउर बाल पीडीअट्रिशन से परामर्श करीं।
ग्लैक्सोस्मिथक्लाइन फार्मास्यूटिकल्स लिमिटेड द्वारा एगो सार्वजनिक जागरूकता पहल। डॉ. एनी बेसेंट रोड, वर्ली, मुंबई 400 030, भारत।.
CL code: NP-IN-ABX-WCNT-210003, DoP Dec 2021

शेअर ऑन

शेअर

Vaccination Tracker