You are now leaving GSK’s website and are going to a website that is not operated/controlled by GSK. Though we feel it could be useful to you,we are not responsible for the content/service or availability of linked sites. You are therefore mindful of these risks and have decided to go ahead.

Agree Agree Agree Stay
समय पर टीकाकरण (वैक्सीनेशन) राउर बच्चा के गंभीर रोग से बचाये के सुरक्षित अउर प्रभावी तरीका में से एगो बा।

खुराक : 3 में से 1

से रक्षा करेला: मीजल्स (खसरा), मम्प्स (गलसुआ) अउर रूबेला

दियल जाई: 9 महीना में

रउआ राउर बच्चा के सुरक्षा में मदद कइसे कर सकतरीं?

मीजल्स (खसरा), मम्प्स (गलसुआ), अउर रूबेला टीकाकरण (वैक्सीनेशन) सम्मिश्रित टीका (वैक्सीन) में दियल जायेला जउन अन्य रोग से बचाये में भी मदद करेला, नवजात बच्चा खातिर नियमित प्रतिरक्षण (इम्यूनज़ैशन) के हिस्सा के रूप में। अधिक जानकारी खातिर राउर स्वास्थ्य सेवा पेशेवर से परामर्श लीं।

खुराक : 2 में से 1

से रक्षा करेला: ए, सी, डब्ल्यू और वाई प्रकार के मेनिंगोकोकल रोग जेकरा परिणामस्वरूप मेनिन्जाइटिस अउर मेनिंगोकोकल जीवाणु (बैक्टीरिया) के कारण अन्य गंभीर रोग हो सकता।

दियल जाई: 9 महीना में*

रउआ राउर बच्चा के सुरक्षा में मदद कइसे कर सकतरीं?

मेनिंगोकोकल टीकाकरण (वैक्सीनेशन) संक्रमण से बचाये में मदद कर सकता। 4 प्रकार के मेनिन्जाइटिस (मेनिंगोकोकल ए, सी, डब्ल्यू, अउर वाई) विशेष रूप से महत्वपूर्ण बा काहेकि उनकर रोग के कारण बने के क्षमता बा जेकरा खातिर टीका उपलब्ध बा।

खुराक : 1 में से 1

से रक्षा करेला: येलो फीवर (पीला बुखार); येलो फीवर वायरस से संक्रमित मच्छर के कारण होवे वाला एगो बीमारी।

दियल जाई: 9 महीना में*

रउआ राउर बच्चा के सुरक्षा में मदद कइसे कर सकतरीं?

मच्छर नियंत्रण पीला बुखार के भी रोक सकता अउर उ क्षेत्र में महत्वपूर्ण बा जहां टीकाकरण कवरेज कम बा या उपलब्ध नइखे बा। मच्छर नियंत्रण में उ जगह के खत्म करल शामिल बा जहां मच्छर प्रजनन कर सकता अउर उच्च मच्छर घनत्व वाला क्षेत्र में कीटनाशक के उपयोग से वयस्क मच्छर अउर लार्वा के मारल जायेला। सामुदायिक भागीदारी से घरेलू नाली के सफाई अउर पानी के कंटेनर के कवर करल जइसन गतिविधि के माध्यम से जहां मच्छर प्रजनन कर सकता एगो बहुत ही महत्वपूर्ण अउर प्रभावी तरीका बा मच्छर के नियंत्रित करे खातिर।

खुराक : 1 में से 1

से रक्षा करेला: साल्मोनेला टाइफी बैक्टीरिया (जीवाणु) के कारण टाइफाइड बुखार होला

दियल जाई: 6 से 9 महीना के बीच

रउआ राउर बच्चा के सुरक्षा में मदद कइसे कर सकतरीं?

टाइफाइड कन्जुगेटेड टीकाकरण (वैक्सीनेशन) नवजात बच्चा खातिर नियमित प्रतिरक्षण (इम्यूनज़ैशन) कार्यक्रम के हिस्सा के रूप में दियल जा सकता।

टीकाकरण (वैक्सीनेशन) छूट जाये पर रउआ के का करे चाहीं?

कैच-अप टीकाकरण (वैक्सीनेशन)

अगर रउआ निर्धारित समय के दौरान इ टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के खुराक लेवे से छूट जातरीं, तब रउआ कैच-अप टीकाकरण (वैक्सीनेशन) खातिर राउर डॉक्टर से परामर्श कर सकतरीं।

महामारी के दौरान टीकाकरण (वैक्सीनेशन) पूर्व देखभाल

ई समय में टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के दौरान कउन सावधानी बरते जाईं चाहीं?

  • राउर बाल रोग चिकित्सक (पीडियाट्रिशन) से केवल पूर्व टीकाकरण (वैक्सीनेशन) अपॉइंटमेंट के साथ मिलीं
  • लगातार अंतराल पर अल्कोहल-आधारित सैनिटाइज़र के उपयोग करीं
  • नवजात बच्चा के छोड़कर सभी देखभाल करे वाला अउर बच्चा लोगन के मास्क पहने चाहीं
  • सब समय आपस में दूरी बनाईं रखीं अउर जितना संभव बा सतह के संपर्क से बचीं
  • कउनो खिलौना/व्यक्तिगत समान के न ले जाईं अउर दरवाजा के हैंडल के छूवे से बचीं।
  • टीका (वैक्सीन) लगाये वाला व्यक्ति के साथ वरिष्ठ नागरिक (60 साल से अधिक आयु) के ना रहे चाहीं

स्टाफ के सलाह के अनुसार टीकाकरण (वैक्सीनेशन) क्लिनिक में प्रवेश करीं, बाहर निकलीं अउर राउर आचरण करीं

टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के बाद देखभाल

टीकाकरण के बाद, राउर बच्चा के इंजेक्शन लगावल गइल जगह पर या रैश पर दर्द के अनुभव हो सकता। हालाँकि, ई प्रतिक्रिया हलका होला अउर जल्द ही दूर हो सकता।

राउर डॉक्टर रउआ के टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के बाद निर्देश के एगो सुची के पालन करे खातिर मार्गदर्शन करीं। कृपया ई निर्देश के सावधानीपूर्वक पालन करीं।

अतिरिक्त सुझाव
  • राउर डॉक्टर से मिले से पहले टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के जानकारी के अच्छी तरह से पढ़ीं
  • सप्ताहांत के दौरान टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के योजना बनाईं ताकि रउआ टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के बाद राउर बच्चा के पर्याप्त समय दे सकीं
  • सुनिश्चित करीं के राउर बच्चा अइसन कपड़ा पहनल बा जेकर बाहं खुलल हो ताकि टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के दौरान रउआ के उ हटाये न पड़े
  • राउर बच्चा के शांत करे रातिर उनकर पसंदीदा खिलौना ले जाईं
  • अगर राउर बच्चा बड़ा बा, तो उनके टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के लाभ समझाईं
राउर बच्चा के पूरा टीकाकरण (वैक्सीनेशन) समय-सारणी प्राप्त करीं

अभी डाउनलोड करीं

ग्लैक्सोस्मिथक्लाइन फार्मास्यूटिकल्स लिमिटेड द्वारा एगो सार्वजनिक जागरूकता पहल। डॉ. एनी बेसेंट रोड, वर्ली, मुंबई 400 030, भारत।

ई सामग्री में प्रदर्शित होवे वाला जानकारी केवल सामान्य जागरूकता खातिर बा। ई सामग्री में निहित कउनो भी मेडिकल सलाह नइखे। राउर स्थिति के संबंध में कउनो भी मेडिकल प्रश्न, कउनो भी प्रश्न या चिंता खातिर कृपया राउर डॉक्टर से परामर्श करीं। वैक्सीनेशन (टीकाकरण) खातिर सूचित रोग के सूची पूरा नइखे बा, पूरा वेक्सीनेशन (टीकाकरण) समय-सारणी खातिर कृपया राउर बच्चा के पीडीअट्रिशन से संपर्क करीं। ई सामग्री में दिखावल गइल डॉक्टर के उपयोग केवल उदाहरण के उद्देश्य से करल गइल बा अउर इ एगो पेशेवर मॉडल बा। रोग प्रतिनिधित्व आइकन/चित्र अउर एनीमेशन केवल उदाहरण के उद्देश्य खातिर बा।

राउर बच्चा सुरक्षा में संभावित कमी खोजीं

का रउआ के बच्चा के वेक्सीनेशन (टीकाकरण) छूटल बा ई देखे खातिर एगो व्यक्तिगत टाइम्लाइन बनाईं*

अभीए से उपयोग शुरू करीं

2021(c) Glaxosmithkline Pharaceuticals Ltd. सभी अधिकार सुरक्षित
गोपनीयता नीति | कुकीज़ नीति | उद् घोषणा (डिस्क्लेमर)

डिस्क्लेमर:
इ वेबसाइट केवल भारत के निवासि खातिर बा।
अइजा बताइल गइल रोग के सूची IAP (इंडियन एकेडमी ऑफ पीडियाट्रिक्स) द्वारा उनकर नियमित अउर कैचअप वैक्सीनेशन (टीकाकरण) सिफारिश में रोके जा सके वाला रोग के सूची में शामिल बा। इ सूची के अलावा अउर रोग हो सकेला जउन बच्चा के प्रभावित कर सकतरीं। अधिक जाने खातिर राउर बाल पीडीअट्रिशन से परामर्श करीं।
ग्लैक्सोस्मिथक्लाइन फार्मास्यूटिकल्स लिमिटेड द्वारा एगो सार्वजनिक जागरूकता पहल। डॉ. एनी बेसेंट रोड, वर्ली, मुंबई 400 030, भारत।.
CL code: NP-IN-ABX-WCNT-210003, DoP Dec 2021

शेअर ऑन

शेअर

Vaccination Tracker