You are now leaving GSK’s website and are going to a website that is not operated/controlled by GSK. Though we feel it could be useful to you,we are not responsible for the content/service or availability of linked sites. You are therefore mindful of these risks and have decided to go ahead.

Agree Agree Agree Stay

ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) (टीबी) टीकाकरण (वैक्सीनेशन) या बैसिल काल्मेट-गुएरिन (बीसीजी) टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के उपयोग से ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) के जोखिम के साथ-साथ बचपन के ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) मेनिन्जाइटिस अउन मिलियरी बीमारी से बचाये खातिर करल जायेला। कृपया टीकाकरण (वैक्सीनेशन) प्राप्त करे के बारे में राउर डॉक्टर से परामर्श लीं।

टीकाकरण (वैक्सीनेशन) छूट जाये पर रउआ के का करे चाहीं?
कैच-अप टीकाकरण (वैक्सीनेशन)

अगर रउआ निर्धारित समय के दौरान इ टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के खुराक लेवे से छूट जातरीं, तब रउआ कैच-अप टीकाकरण (वैक्सीनेशन) खातिर राउर डॉक्टर से परामर्श कर सकतरीं।

का रउआ जानेनीं?

  • 2019 में, दुनिया भर में ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) के कारण 1.4 मिलियन लोगन के मृत्यु भइल बा।
  • विश्व स्तर पर 1.7 अरब लोगन के एम. ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) से संक्रमित होवे के अनुमान बा।

देरी मत करीं!

बीसीजी टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के बारे में राउर डॉक्टर से बात करीं।

ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) का बा?

ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) एगो संक्रमण बा जउन माइकोबैक्टीरियम ट्यूबरकुलोसिस के कारण होला। ई आमतौर पर फेफड़ा के संक्रमित करेला अउर ओइजा से आसानी से फैलेला, लेकिन ई रीढ़, गुर्दा अउर मस्तिष्क के भी प्रभावित कर सकता। जबकि बैक्टीरिया (जीवाणु) कउनो के भी संक्रमित कर सकता, लक्षण सब में दिखाई नइखे दे सकता, खासकर अगर फेफड़ा संक्रमित नइखे बा।

ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) कइसे फैलेला?

ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) (टीबी) एगो वायुजनित रोग बा। अगर कउनो टीबी रोगी के संपर्क में आये से अउर संक्रमित हवा में सांस लेवे से, तब उ संक्रमण के अनुभव भी कर सकता। जबकि बैक्टीरिया शरीर के कई अंग के प्रभावित कर सकता, ई तब संक्रामक होला जब रोग गला या फेफड़ा में होला।

टीबी स्पर्श या त्वचा से त्वचा के संपर्क के माध्यम से नइखे फैलेला। भोजन या पेय पदार्थ साझा करल या स्पर्श करल संचरण के सामान्य तरीका नउखे बा। हालांकि, टीबी आमतौर पर उ लोगन के प्रभावित करेला जउन संक्रमित रोगी के साथ समय बितायेला या उनकर साथ जगह साझा करेला।

ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) के लक्षण अउर जटिलता का बा?

आमतौर पर ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) के साथ सबसे अधिक संबंधित कुछ लक्षण खांसल अउर छाती के दर्द बा। ई लक्षण अधिकतर उ रोगी के प्रभावित करेला जिनकर फेफड़ा संक्रमित बा। टीबी के कुछ अन्य लक्षण इ प्रकार बा:

  • खांसले समय खून आवल या थूकले समय
  • बुखार
  • थकान या कमजोरी
  • भूख में कमी आयेला
  • वजन में कमी आयेला

एगो बच्चा के ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) खातिर बीसीजी टीकाकरण (वैक्सीनेशन) कब लेवे चाहीं?

  • जन्म के तुरंत बाद 1 खुराक दियले के आवश्यकता बा।
  • कैच-अप खुराक 6 सप्ताह से 4-5 वर्ष के उम्र के बीच कउनो भी समय लियल जा सकत बा।
  • हालाँकि, अधिक जाने खातिर राउर डॉक्टर से परामर्श लीं।

ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) टीकाकरण (वैक्सीनेशन) से संबंधित सामान्य साइड इफेक्ट का बा?

  • बीसीजी टीकाकरण (वैक्सीनेशन) से संबंधित ज्यादा प्रतिकूल सामान्य साइड इफेक्ट नइखे बा। आमतौर पर संबंधित साइड इफेक्ट्स में से अधिकांश त्वचा से संबंधित बा।
  • साइड इफेक्ट्स के बारे में अधिक जाने खतिर, कृपया राउर डॉक्टर से परामर्श करीं।

अक्सर पूछे जाये वाला प्रश्न

ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) के इलाज कउसे करल जायेला?

  • सही अउर लगातार उपचार के साथ, ट्यूबरक्लोसिस (क्षय रोग) के पूरा तरह से इलाज करल जा सकता। लक्षण अउर गंभीरता के आधार पर, रउआ के आवश्यक दवा निर्धारित करल जाईं।
  • अगर रउआ के पास दोसर लोगन के संक्रमित करले के क्षमता बा, तब ई सलाह दियल जाता के रउआ कम से कम कुछ सप्ताह तक घर पर रहीं।

ग्लैक्सोस्मिथक्लाइन फार्मास्यूटिकल्स लिमिटेड द्वारा एगो सार्वजनिक जागरूकता पहल। डॉ. एनी बेसेंट रोड, वर्ली, मुंबई 400 030, भारत।

ई सामग्री में प्रदर्शित होवे वाला जानकारी केवल सामान्य जागरूकता खातिर बा। ई सामग्री में निहित कउनो भी मेडिकल सलाह नइखे। राउर स्थिति के संबंध में कउनो भी मेडिकल प्रश्न, कउनो भी प्रश्न या चिंता खातिर कृपया राउर डॉक्टर से परामर्श करीं। वैक्सीनेशन (टीकाकरण) खातिर सूचित रोग के सूची पूरा नइखे बा, पूरा वेक्सीनेशन (टीकाकरण) समय-सारणी खातिर कृपया राउर बच्चा के पीडीअट्रिशन से संपर्क करीं। ई सामग्री में दिखावल गइल डॉक्टर के उपयोग केवल उदाहरण के उद्देश्य से करल गइल बा अउर इ एगो पेशेवर मॉडल बा। रोग प्रतिनिधित्व आइकन/चित्र अउर एनीमेशन केवल उदाहरण के उद्देश्य खातिर बा।

राउर बच्चा सुरक्षा में संभावित कमी खोजीं

का रउआ के बच्चा के वेक्सीनेशन (टीकाकरण) छूटल बा ई देखे खातिर एगो व्यक्तिगत टाइम्लाइन बनाईं*

अभीए से उपयोग शुरू करीं

2021(c) Glaxosmithkline Pharaceuticals Ltd. सभी अधिकार सुरक्षित
गोपनीयता नीति | कुकीज़ नीति | उद् घोषणा (डिस्क्लेमर)

डिस्क्लेमर:
इ वेबसाइट केवल भारत के निवासि खातिर बा।
अइजा बताइल गइल रोग के सूची IAP (इंडियन एकेडमी ऑफ पीडियाट्रिक्स) द्वारा उनकर नियमित अउर कैचअप वैक्सीनेशन (टीकाकरण) सिफारिश में रोके जा सके वाला रोग के सूची में शामिल बा। इ सूची के अलावा अउर रोग हो सकेला जउन बच्चा के प्रभावित कर सकतरीं। अधिक जाने खातिर राउर बाल पीडीअट्रिशन से परामर्श करीं।
ग्लैक्सोस्मिथक्लाइन फार्मास्यूटिकल्स लिमिटेड द्वारा एगो सार्वजनिक जागरूकता पहल। डॉ. एनी बेसेंट रोड, वर्ली, मुंबई 400 030, भारत।.
CL code: NP-IN-ABX-WCNT-210003, DoP Dec 2021

शेअर ऑन

शेअर

Vaccination Tracker