You are now leaving GSK’s website and are going to a website that is not operated/controlled by GSK. Though we feel it could be useful to you,we are not responsible for the content/service or availability of linked sites. You are therefore mindful of these risks and have decided to go ahead.

Agree Agree Agree Stay

मीजल्स (खसरा) एगो घातक विषाणुजनित (वायरल) रोग बा जेकरा के मीजल्स (खसरा) टीकाकरण (वैक्सीनेशन) (एमएमआर टीकाकरण (वैक्सीनेशन)) से रोकल जा सकता।

टीकाकरण (वैक्सीनेशन) छूट जाये पर रउआ के का करे चाहीं?
कैच-अप टीकाकरण (वैक्सीनेशन)

अगर रउआ निर्धारित समय के दौरान इ टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के खुराक लेवे से छूट जातरीं, तब रउआ कैच-अप टीकाकरण (वैक्सीनेशन) खातिर राउर डॉक्टर से परामर्श कर सकतरीं।

का रउआ जानेनीं?

  • मीजल्स (खसरा) से रक्षा में मदद करे खातिर टीकाकरण (वैक्सीनेशन) मम्प्स (गलसुआ) अउर रूबेला के सम्मिश्रित में भी उपलब्ध बा।
  • टीकारहित (अनवेक्सीनेटेड) छोटा बच्चा मीजल्स (खसरा) अउर एकर जटिलता खातिर सबसे बड़ा जोखिम समूह बा, जेकरा में मृत्यु भी शामिल बा।

देरी मत करीं!

मीजल्स (खसरा) टीकाकरण (वैक्सीनेशन) खातिर राउर डॉक्टर से बात करीं।

मीजल्स (खसरा) का बा?

मीजल्स (खसरा) एगो बहुत संक्रामक, गंभीर विषाणुजनित (वायरल) रोग बा जउन श्वसन पथ के संक्रमित करेला अउर पूरा शरीर में फैलेला।

मीजल्स (खसरा) कैसे फैलेला?

मीजल्स (खसरा) संक्रमित व्यक्ति के खांसले अउर छींकले या सीधा संपर्क से श्वसन के छोटा बूंद के माध्यम से फैलेला।

मीजल्स (खसरा) के लक्षण अउर जटिलता का बा?

मीजल्स (खसरा) के पहलका संकेत साधारणतः बहुत बुखार होला जेकर बाद अन्य लक्षण होला जइसे:

चकत्ता, साधारणतः चेहरा अउर ऊपर गर्दन पर, जउन हाथ अउर लात तक फैल सकता

  • खांसी
  • नाक बहल लाल,
  • आँख से पानी आवेला
  • गाल के भीतर छोटका सफेद धब्बा

गंभीर जटिलता साधारणतः 5 वर्ष से कम उम्र के बच्चा लोगन या 30 वर्ष से अधिक उम्र के वयस्क में देखल जा सकेला। ई जटिलता में शामिल हो सकता:

  • अंधापन इंसेफेलाइटिस (एगो संक्रमण जउन मस्तिष्क में सूजन के कारण बनेला)
  • गंभीर दस्त (डायरिया)
  • अउर संबंधित निर्जलीकरण (डिहाइड्रेशन)
  • कान में संक्रमण
  • या गंभीर श्वसन संक्रमण जइसे निमोनिया

एगो बच्चा के मीजल्स (खसरा) टीकाकरण (वैक्सीनेशन) (एमएमआर टीकाकरण (वैक्सीनेशन)) कब प्राप्त करे चाहीं?

बच्चा लोगन के तीन खुराक मिले चाहीं:

  • 9 महीना के उम्र में पहलका खुराक
  • 15 महीना के उम्र में पहलका खुराक
  • 4 से 6 साल के बीच तीसरका खुराक तीसरका खुराक पिछला खुराक के 8 सप्ताह बाद कउनो भी समय दियल जा सकता।

अक्सर पूछे जाये वाला प्रश्न

हम आपन बच्चा के मीजल्स (खसरा) से कइसे रक्षा कर सकतरीं?-

मीजल्स (खसरा) टीकाकरण (वैक्सीनेशन) (एमएमआर टीकाकरण (वैक्सीनेशन)) बच्चा लोगन के मीजल्स (खसरा) से रक्षा करे के प्रभावी तरीका में से एगो बा।

जोखिम में के बा?

ज्यादातर टीकारहित (अनवेक्सीनेटेड) छोटा बच्चा लोगन के उच्चतम जोखिम होला। ई अन्य जइसे गर्भवती महिला* अउर गैर प्रतिरक्षा (नॉन-इम्यून) लोगन के छूट नइखे देवेला जउन टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के बाद टीकारहित (अनवेक्सीनेटेड) या जेकरा में प्रतिरक्षा (इम्यूनिटी) विकसित नइखे भइल बा।

*गर्भावस्था के योजना बनाये से 3 महीना पहले एमएमआर के टीका लगवावे चाहीं।

केकरा के एमएमआर टीकाकरण नइखे प्राप्त करे चाहीं?

  • जउन लोगन के कबो भी मीजल्स (खसरा) टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के पिछला खुराक या टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के कउनो विशिष्ट घटक से एगो गंभीर अउर संभवतः खतरनाक एलर्जी के प्रतिक्रिया भइल बा।
  • जउन लोग मीजल्स (खसरा) टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के समय बीमार बा।
  • कृपया एगो डॉक्टर से पूछताछ करीं अगर प्राप्तकर्ता:
  • एचआईवी/एड्स या कउनो अन्य रोग जउन उनकर प्रतिरक्षा (इम्यून) प्रणाली के प्रभावित करेला
  • उ दवा से इलाज करल जा रहल बा जउन प्रतिरक्षा (इम्यून) प्रणाली के प्रभावित करत बा, जइसे स्टेरॉयड, 2 सप्ताह या ओसे अधिक समय तक
  • कउनो प्रकार के कैंसर रहें पर
  • दवा या विकिरण के साथ कैंसर के इलाज चलत रहले से
  • हाल ही में एगो आधान (ट्रांसफ्यूजन) भइल बा या अन्य रक्त उत्पाद दियल गइल बा
  • गर्भवती महिला अउर महिला जउन एगो बच्चा के योजना* बनातरीं। गर्भावस्था के योजना बनाये से 3 महीना पहले *मीजल्स (खसरा) के टीका लेवे के ज़रूरत होला।

ग्लैक्सोस्मिथक्लाइन फार्मास्यूटिकल्स लिमिटेड द्वारा एगो सार्वजनिक जागरूकता पहल। डॉ. एनी बेसेंट रोड, वर्ली, मुंबई 400 030, भारत।

ई सामग्री में प्रदर्शित होवे वाला जानकारी केवल सामान्य जागरूकता खातिर बा। ई सामग्री में निहित कउनो भी मेडिकल सलाह नइखे। राउर स्थिति के संबंध में कउनो भी मेडिकल प्रश्न, कउनो भी प्रश्न या चिंता खातिर कृपया राउर डॉक्टर से परामर्श करीं। वैक्सीनेशन (टीकाकरण) खातिर सूचित रोग के सूची पूरा नइखे बा, पूरा वेक्सीनेशन (टीकाकरण) समय-सारणी खातिर कृपया राउर बच्चा के पीडीअट्रिशन से संपर्क करीं। ई सामग्री में दिखावल गइल डॉक्टर के उपयोग केवल उदाहरण के उद्देश्य से करल गइल बा अउर इ एगो पेशेवर मॉडल बा। रोग प्रतिनिधित्व आइकन/चित्र अउर एनीमेशन केवल उदाहरण के उद्देश्य खातिर बा।

राउर बच्चा सुरक्षा में संभावित कमी खोजीं

का रउआ के बच्चा के वेक्सीनेशन (टीकाकरण) छूटल बा ई देखे खातिर एगो व्यक्तिगत टाइम्लाइन बनाईं*

अभीए से उपयोग शुरू करीं

2021(c) Glaxosmithkline Pharaceuticals Ltd. सभी अधिकार सुरक्षित
गोपनीयता नीति | कुकीज़ नीति | उद् घोषणा (डिस्क्लेमर)

डिस्क्लेमर:
इ वेबसाइट केवल भारत के निवासि खातिर बा।
अइजा बताइल गइल रोग के सूची IAP (इंडियन एकेडमी ऑफ पीडियाट्रिक्स) द्वारा उनकर नियमित अउर कैचअप वैक्सीनेशन (टीकाकरण) सिफारिश में रोके जा सके वाला रोग के सूची में शामिल बा। इ सूची के अलावा अउर रोग हो सकेला जउन बच्चा के प्रभावित कर सकतरीं। अधिक जाने खातिर राउर बाल पीडीअट्रिशन से परामर्श करीं।
ग्लैक्सोस्मिथक्लाइन फार्मास्यूटिकल्स लिमिटेड द्वारा एगो सार्वजनिक जागरूकता पहल। डॉ. एनी बेसेंट रोड, वर्ली, मुंबई 400 030, भारत।.
CL code: NP-IN-ABX-WCNT-210003, DoP Dec 2021

शेअर ऑन

शेअर

Vaccination Tracker