You are now leaving GSK’s website and are going to a website that is not operated/controlled by GSK. Though we feel it could be useful to you,we are not responsible for the content/service or availability of linked sites. You are therefore mindful of these risks and have decided to go ahead.

Agree Agree Agree Stay

हीमोफिलस इन्फ्लुएंजा टाइप बी (एचआईबी) जीवाणु (बैक्टीरिया) जउन मुख्य रूप से बच्चा लोगन के संक्रमित करेला अउर निमोनिया अउर मैनिंजाइटिस (मस्तिष्कावरणशोथ) जइसन जानलेवा स्थिति के ओर ले जायेला।

टीकाकरण (वैक्सीनेशन) छूट जाये पर रउआ के का करे चाहीं?
कैच-अप टीकाकरण (वैक्सीनेशन)

अगर रउआ निर्धारित समय के दौरान इ टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के खुराक लेवे से छूट जातरीं, तब रउआ कैच-अप टीकाकरण (वैक्सीनेशन) खातिर राउर डॉक्टर से परामर्श कर सकतरीं।

का रउआ जानेनीं?

  • विश्व स्तर पर, वर्ष 2000 में एचआईबी के कारण लगभग 70-80 लाख गंभीर बीमारी अउर बच्चा लोगन में 3.5 लाख से अधिक मृत्यु भइल बा
  • एचआईबी के रोग के बोझ 4 से 18 महीना के उम्र के बीच सबसे अधिक होला।

देरी मत करीं!

हीमोफिलस इन्फ्लुएंजा टाइप बी टीकाकरण (वैक्सीनेशन) खातिर राउर डॉक्टर से बात करीं।

हीमोफिलस इन्फ्लुएंजा प्रकार बी का बा?

हीमोफिलस इन्फ्लुएंजा टाइप बी जीवाणु (बैक्टीरिया) बा जउन विभिन्न आक्रामक रोग के जन्म दे सकता है, हलका से लेकर गंभीर तक। कुछ सामान्य स्थिति जउन एगो एचआईबी संक्रमण के कारण बन सकत बा:

  • कान के संक्रमण
  • ब्रोंकाइटिस (ब्रोन्कियल ट्यूब परत के सूजन के कारण खांसी, सांस के तकलीफ, आदि)

बैक्टीरियल मैनिंजाइटिस (रीढ़ के हड्डी अउर मस्तिष्क के सुरक्षात्मक झिल्लि के सूजन) निमोनिया मस्तिष्क के क्षति (ब्रेन डैमेज) रक्त, जोड़, या हड्डी में संक्रमण

एचआईबी कइसे फैलेला?

जीवाणु (बैक्टीरिया) कउनो व्यक्ति के नाक अउर गला में मौजूद रहेला अउर ओकर लक्षण न दिखें पर भी उ वाहक हो सकता। ई जीवाणु (बैक्टीरिया) संक्रमित व्यक्ति द्वारा छींकले या खांसले से फैल सकता।

एगो वाहक के साथ लंबा समय तक संपर्क भी संक्रमण के खतरा बढ़ा सकेला।

एचआईबी संक्रमण के लक्षण अउर जटिलता का बा?

संक्रमण के गंभीरता के आधार पर हीमोफिलस इन्फ्लुएंजा टाइप बी जीवाणु (बैक्टीरिया) कई रोग अउर जटिलता के जन्म दे सकता। उदाहरण खातिर:

निमोनिया –

ई एगो तीव्र श्वसन संक्रमण बा जउन मुख्य रूप से फेफड़ा के प्रभावित करेला। एकर कुछ लक्षण इ प्रकार के हो सकता -

  • बुखार अउर ठंड लगल
  • खांसी
  • सांस के कमी या सांस लेवे में कठिनाई
  • पसीना आयेला
  • सीना में दर्द
  • सिर दर्द
  • मांसपेशि में दर्द
  • या पीड़ा अत्यधिक थकावट

बैक्टीरियल मैनिंजाइटिस –

ई मस्तिष्क अउर रीढ़ के हड्डी के आसपास सुरक्षात्मक झिल्ली के सूजन बा। ई एगो गंभीर जानलेवा स्थिति बा जेकरा से स्थायी विकलांगता या मृत्यु हो सकता एकर कुछ लक्षण इ प्रकार के हो सकता -

  • बुखार
  • सिर दर्द
  • गर्दन में अकड़न
  • जी मिचलाना (नॉज़ीअ)
  • फोटोफोबिया (रोशनी के डर, या रोशनी के प्रति संवेदनशीलता)
  • असमंजस की स्थिति

रक्तप्रवाह के संक्रमण -

ई रक्त में सूक्ष्मजीव के कारण होवे वाला रोग के संदर्भित करेला। एकर कुछ लक्षण इ प्रकार के हो सकता

  • बुखार अउर ठंड लगल
  • अत्यधिक थकावट
  • पेट में दर्द
  • उल्टी के साथ या बिना
  • जी मिचलाना दस्त (डायरिया)
  • चिंता (एंग्जायटी)
  • सांस के कमी या सांस लेवे में कठिनाई
  • परिवर्तित मानसिक स्थिति (भ्रम)

एगो बच्चा के हीमोफिलस इन्फ्लुएंजा टाइप बी (एचआईबी) टीकाकरण (वैक्सीनेशन) कब लेवे चाहीं?

एचआईबी खातिर टीकाकरण (वैक्सीनेशन) समय-सारणी बच्चा के उम्र के अनुसार भिन्न होला।

6 महीना से कम: 3 प्राथमिक (कम से कम 1 महीना के बाद) अउर 16-18 महीना में बूस्टर 1।

6-12 महीना: 2 प्राथमिक (कम से कम 1 महीना के बाद) अउर 16-18 महीना में बूस्टर 1।

12-15 महीना: 1 खुराक के बाद 16-18 महीना में बूस्टर।

15 महीना - 5 साल: एगो खुराक पर्याप्त हो सकता। एचआईबी टीका एगो अलग से या सम्मिश्रित के रूप में उपलब्ध बा।

अलग-अलग टीका के अलग-अलग समय-सारणी हो सकता, अधिक जानकारी खातिर राउर बाल रोग चिकित्सक (पीडियाट्रिशन) से परामर्श लीं। हालाँकि, अधिक जानकारी खातिर राउर डॉक्टर से परामर्श लीं।

एचआईबी टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के सामान्य साइड इफेक्ट्स

एचआईबी टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के कुछ साइड इफेक्ट में शामिल बां:

  • लालपन, गर्मी, या सूजन जहां टीका दियल गइल बा।
  • बुखार

साइड इफेक्ट्स के बारे अधिक जानकारी खातिर, कृपया राउर डॉक्टर से परामर्श लीं।

अक्सर पूछे जाये वाला प्रश्न

हम आपन बच्चा के एचआईबी संक्रमण से कइसे रक्षा कर सकतरीं?

एचआईबी संक्रमण आमतौर पर 5 साल से कम उम्र के बच्चा लोगन में होला। हीमोफिलस इन्फ्लुएंजा टाइप बी संक्रमण से बचे के एगो ज्ञात तरीका टीकाकरण (वैक्सीनेशन) बा। एकर अलावा, एचआईबी एगो व्यक्ति के एगो से अधिक बार संक्रमित कर सकता। ई खातिर, टीकाकरण (वैक्सीनेशन) के सलाह दियल जाता, भले ही व्यक्ति एक बार पहले भी संक्रमित हो चुकल बा।

ग्लैक्सोस्मिथक्लाइन फार्मास्यूटिकल्स लिमिटेड द्वारा एगो सार्वजनिक जागरूकता पहल। डॉ. एनी बेसेंट रोड, वर्ली, मुंबई 400 030, भारत।

ई सामग्री में प्रदर्शित होवे वाला जानकारी केवल सामान्य जागरूकता खातिर बा। ई सामग्री में निहित कउनो भी मेडिकल सलाह नइखे। राउर स्थिति के संबंध में कउनो भी मेडिकल प्रश्न, कउनो भी प्रश्न या चिंता खातिर कृपया राउर डॉक्टर से परामर्श करीं। वैक्सीनेशन (टीकाकरण) खातिर सूचित रोग के सूची पूरा नइखे बा, पूरा वेक्सीनेशन (टीकाकरण) समय-सारणी खातिर कृपया राउर बच्चा के पीडीअट्रिशन से संपर्क करीं। ई सामग्री में दिखावल गइल डॉक्टर के उपयोग केवल उदाहरण के उद्देश्य से करल गइल बा अउर इ एगो पेशेवर मॉडल बा। रोग प्रतिनिधित्व आइकन/चित्र अउर एनीमेशन केवल उदाहरण के उद्देश्य खातिर बा।

राउर बच्चा सुरक्षा में संभावित कमी खोजीं

का रउआ के बच्चा के वेक्सीनेशन (टीकाकरण) छूटल बा ई देखे खातिर एगो व्यक्तिगत टाइम्लाइन बनाईं*

अभीए से उपयोग शुरू करीं

2021(c) Glaxosmithkline Pharaceuticals Ltd. सभी अधिकार सुरक्षित
गोपनीयता नीति | कुकीज़ नीति | उद् घोषणा (डिस्क्लेमर)

डिस्क्लेमर:
इ वेबसाइट केवल भारत के निवासि खातिर बा।
अइजा बताइल गइल रोग के सूची IAP (इंडियन एकेडमी ऑफ पीडियाट्रिक्स) द्वारा उनकर नियमित अउर कैचअप वैक्सीनेशन (टीकाकरण) सिफारिश में रोके जा सके वाला रोग के सूची में शामिल बा। इ सूची के अलावा अउर रोग हो सकेला जउन बच्चा के प्रभावित कर सकतरीं। अधिक जाने खातिर राउर बाल पीडीअट्रिशन से परामर्श करीं।
ग्लैक्सोस्मिथक्लाइन फार्मास्यूटिकल्स लिमिटेड द्वारा एगो सार्वजनिक जागरूकता पहल। डॉ. एनी बेसेंट रोड, वर्ली, मुंबई 400 030, भारत।.
CL code: NP-IN-ABX-WCNT-210003, DoP Dec 2021

शेअर ऑन

शेअर

Vaccination Tracker